Jump to content

विकिपीडिया:इतिहास में आजु/4 जुलाई

विकिपीडिया से

इतिहास में 4 जुलाई के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।

नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।

जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।


4 जुलाई: स्वतंत्रता दिवस: यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका (1776)

डीप इम्पैक्ट
डीप इम्पैक्ट
  • 1776अमेरिकी आजादी के घोषणापत्र के फिलाडल्फिया में दूसरी महादीपी कांग्रेस में अंगीकार कइल गइल आ अमेरिका एकरे बाद ब्रिटिश साम्राज्य के हिस्सा न रह गइल, आजाद हो गइल।
  • 1855 – अमेरिकी कवी वाल्ट विटमैन के कबिता संग्रह लीव्ज ऑफ ग्रास छपल आ आगे चल के ई अमेरिकी कबिता के सभसे उल्लेखनीय संग्रह सभ में से एक बन गइल।
  • 1862टेम्स नदी में नाइ पर जतरा करत समय एलिस लिंडन आ उनके बहिन के लेविस करोल एगो कहानी सुनवली जे बाद में चल के एलिसेज एडवेंचर्स इन वंडरलैंड के आधार बनल।
  • 2005 – नासा के अंतरिक्ष प्रोब डीप इम्पैक्ट के नियोजित तरीका से टेम्पल 1 नाँव के पुच्छल तारा से टक्कर करावल गइल (फोटो में देखावल), मकसद रहे कि ओकरे भीतरी हिस्सा के बारे में जानकारी जुटावल जा सके।
  • 2012 – चालिस बरिस के खोज के बाद सर्न नाँव के संस्था हिग्स बोसान के मिले के घोषणा कइलस।