Jump to content

विकिपीडिया:इतिहास में आजु/13 मई

विकिपीडिया से

इतिहास में 13 मई के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।

नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।

जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।


१३ मई:

लाहौरी गेट, लाल किला, दिल्ली
लाहौरी गेट, लाल किला, दिल्ली
  • १६३८ – दिल्ली में मौजूद मुगल साम्राज्य के बादशाह लोग के निवास आ वर्तमान में भारत के एगो निशानी, लाल किला (फोटो में देखावल लाहौरी गेट) के निर्माण शुरू भइल।
  • १९५८ – ऑस्ट्रेलियाई बेन कार्लिन पहिला व्यक्ति बनलें जे पूरा दुनिया के चक्कर एगो एम्फिबियस गाड़ी पर लगा लिहलें, एह यात्रा में ऊ 80,000 किलोमीटर (50,000 मील) के दूरी जमीन आ समुन्द्र में तय कइलें।
  • १९६७ज़ाकिर हुसैन भारत के पहिला मुस्लिम राष्ट्रपति के रूप में शपथ लिहलें।
  • २००८ – राजस्थान के जयपुर में पहिले से नामालूम इंडियन मुजाहिदीन आतंकी संगठन द्वारा १५ मिनट में ९ गो धमाका कइल गइल