Jump to content

लिंगुआ फ्रैंका

विकिपीडिया से

संपर्क भाषा, कॉमन भाषा या लिंगुआ फ़्रैंका अइसन भाषा के कहल जाला जेकरा लोग आम जनजीवन में बिधिवत (खाली मोका-महाले ना) इस्तमाल करे ला जब कौनों बड़हन भूगोलीय इलाका में एक दूसरा के देसी बोली भा भाषा के आपस में न बूझे वाला लोग आपस में बात-बिचार कइल चाहे। ई भाषा खुद राष्ट्रभाषा, राजभाषा या साहित्यभाषा भी होखे ई कवनों जरूरी ना बा। एकरा के हाट-बजार के भाषा भी कहल जाला।

अंग्रेजी में प्रचलित नाँव लिंगुआ फ़्रैंका के उत्पत्ति ओह भाषा के रूप में बतावल जाला जे भूमध्यसागर के इलाका में यूनानी, पुरानी फ्रांसीसी, इटैलियन, पुर्तगाली आ स्पेनी भाषा सभ आ अरबी आ तुर्की नियर गैर-यूरोपीय भाषा सभ के मिलजुल रूप में बोलल जाय, धियान के बात ई बा कि भूमध्यसागरीय इलाका बाणिज्य आ ब्यापार के बहुत गहमागहमी वाला भूगोलीय क्षेत्र रहल जहाँ बिबिध अलग-अलग देसीयता वाला लोग आपस में मिले आ एही संपर्क से एगो आम संपर्क के भाषा बिकसित भइल जेकरा लिंगुआ फ़्रैंका कहल जाय। आज अंग्रेजी में अइसन सगरी भाषा सभ के लिंगुआ फ़्रैंका कहल जाला।

आम भाषा या संपर्क भाषा, कवनों अइसन भाषा भी हो सके ला जे दू गो अलग-अलग भाषा बोले वाला लोग में से केहू के मूल भाषा न होखे। कई बेर ई खिचड़ी भाषा या मेरवन भाषा के रूप में भी होले।

उदाहरण खातिर, हिंदीभारत के बड़हन इलाका में संपर्क भाषा हवे, जहाँ अलग-अलग देसभाषा वाला लोग भी आपस में हिंदी में बात करे ला। अंग्रेजी के बोले बूझे वाला लोग पूरा दुनिया में बा, एकरा के बैस्विक संपर्क भाषा के रूप में भी देखल जाला।