रोमनेस्क कला
Appearance
![एगो चर्च के अंदरूनी पिलर आ मेहराब जे रोमनेस्क इस्टाइल में गोल बनल बाड़ें](http://chped.net/https/upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/89/Leon_%28San_Isidoro%2C_pante%C3%B3n%29.jpg/240px-Leon_%28San_Isidoro%2C_pante%C3%B3n%29.jpg)
रोमानिस्क आर्ट चाहे रोमनेस्क आर्ट (अंग्रेजी: Romanesque art; रोम'नॆस्क) यूरोप के कला हवे जे 1000 ईसवी से ले के 12वीं सदी में गोथिक शैली के उदभव तक ले रहल। एकरे ठीक पहिले के समय के कला के प्री-रोमानिस्क आर्ट के नाँव से जानल जाल; एह टर्मावली के इस्तेमाल 19वीं सदी के कला इतिहासकार लोग कइल। रोमनेस्क कला कई मायने में रोमन सभ्यता आ कला से आपन चीज लिहलस जइसे कि गोल मेहराब (आर्च); बाकी कई गो नाया फीचर भी एह जमाना में आइल जइसे कि बैरल वाल्ट, एप्सीज आ एकान्थस-लीफ डेकोरेशन। पेंटिंग के मामिला में ई कला बाइजेंटाइन आर्ट से भी परभावित रहल।
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
![]() | ई कला-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |