Jump to content

चोखा

विकिपीडिया से
लिट्टीरायता के साथे परोसल चोखा

चोखा एगो भारतीय पकवान हवे जे मुख्य रूप से आलू, बैगन, टमाटर वगैरह के भूज के आ ओकरा के मीस के तईयार कइल जाला। मुख्य आइटम के अलावा एह में में नमक, हरियर मरिचा, लहसुन, धनिया पत्ता डाल नियर चीज मिलावल जाला।

भुर्ता चाहे भर्ता एही के दूसर नाँव हवे जे मुख्य रूप से पंजाब में इस्तेमाल होला, जबकि उत्तर प्रदेश, बिहार, राज्यन में एकरा के चोखा के नाँव से जानल जाला।

पूर्वांचल आ बिहार में ई लिट्टी के साथे खाइल जाला आ "लिट्टी-चोखा" एह इलाका के खास पकवान मानल जाला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]