Jump to content

गुलकंद

विकिपीडिया से
गुलकंद
दूसर नाँवrose petal jam
क्षेत्रभारतीय उपमहादीप
परोसे के तापदूध भा पानी
मुख्य सामग्रीगुलाब के पंखुरी, चीनी

गुलकंद एगो मीठ गाढ़ चटनी भा जैम नियर आइटम हवे जे गुलाब के पंखुरी के महक के बसा के चीनी के साथे बनावल जाला। ई भारतीय उपमहादीप, मने कि भारत, पाकिस्तान नियर देस सभ के ख़ास चीज हवे। एकर इस्तेमाल बिबिध पकवान सभ में, मीठा के आइटम सभ के बनावे में भा खुदे मीठा के आइटम के रूप में इस्तमाल होला। आयुर्वेदिक, यूनानी आ देसी जड़ी बूटी के रूप में भी एकर इस्तमाल होला आ ई ठंढा तासीर वाला मानल जाला।