Jump to content

क्लियोपेट्रा

विकिपीडिया से
क्लियोपेट्रा
Photograph of an ancient Roman marble sculpture of Cleopatra VII's head as displayed at the Altes Museum in Berlin
Bust of Cleopatra VII in the Altes Museum Berlin
मिस्र के टॉलिमेइक राज के महारानी
शासन51–30 BC (21 साल)
PredecessorPtolemy XII Auletes
SuccessorPtolemy XV Caesarion
Co-rulers
  • Ptolemy XII Auletes
  • Ptolemy XIII Theos Philopator
  • Ptolemy XIV
  • Ptolemy XV Caesarion
BornEarly 69 BC
Alexandria, Ptolemaic Kingdom
Died10 August 30 BC (aged 39)
Alexandria, Roman Egyp
Names
Cleopatra VII Thea Philopator

क्लियोपेट्रा, क्लियोपॅट्रा चाहे क्लियोपैट्रा (अंग्रेजी: Cleopatra VII Philopator, क्लियोपॅट्रा सेवेंथ फिलोपॅटॉर; यूनानी: Κλεοπάτρα Φιλοπάτωρ;[1] 69 ईपू – 10 अगस्त30 ईपू) पुराना मिस्र के टॉलिमेइक राज के महारानी रहली आ एक राज के अंतिम शासक (फैरो) रहली।[नोट 1]

क्लियोपेट्रा के यादगार पुराना जमाना से ले के नया जमाना तक ले के कला सभ के क्षेत्र में जियतार रहल बाटे। रोमन काल के इतिहास-लेखन आ लैटिन कबितई में आमतौर प एह रानी के बारे में आलोचना से भरल नजरिया रहल जे बाद में जा के मध्यकाल आ पुनर्जागरण काल के साहित्य में ब्यापक रूप में पसर गइल। विजुअल कला सभ में, इनके कई किसिम के माध्यम से देखावल गइल जइसे की रोमन बस्ट सभ में; पेंटिंग सभ में; रतन, पाथर बर्तन ओगैरह प नक्काशी के रूप में; आ शीशा पर चित्रकारी के रूप में इनके बिबिध चित्र मिले लें। टालेमी के जमाना के सिक्का सभ पर आ उभारदार नक्काशी (रेलीफ़) में इनकरा के देखावल गइल बाते। नवजागारण (रिनांसा) आ बरूक कला के दौर में ई रानी कई बिधा सभ के मुख्य बिसय बनली जेह में ऑपेरा, थियेटर के ड्रामा, कबितई, चित्रकारी आ नक्काशी गिनावल जा सके ला। विक्टोरियन काल में ई मिस्र के चीजन खातिर पागलपन के हद तक लगाव के चलन, जेकरा इजिप्टोमैनिया कहल जाला, वाला समय में ई बहुत पापुलर रहली। नयको, मने की माडर्नो, जमाना में ई कई किसिम के कला सभ के क्षेत्र में, हालीवुड के फिलिम सभ में आ कामर्शियल ब्रांड सभ के आइकन नियर चीजन के रूप में पापुलर रहल बाड़ी।

शुरुआती बचपन[संपादन करीं]

क्लियोपेट्रा VII के जनम शुरूआती 69 ईसा पूर्व में टालेमी बंस के राजा टालेमी XII किहाँ भइल आ इनके महतारी के रहल ई ना मालुम बाटे,[2][3] [note 1] साइद ई टालेमी XII के मेहरारू रानी क्लियोपेट्रा VI ट्राईफाऐना के बेटी रहली।[4][5][6][note 2]

शासन[संपादन करीं]

मैसिडोनियाई शासक लोगन के परंपरा अनुसार क्लियोपेट्रा मिस्र आ साइप्रस नियर अउरी इलाका सभ पर एगो सर्वसत्तावान राजकुमारी के रूप में शासन कइली आ ​​अपना राज्य के एकलौता कानून बनावे वाली के रूप में काम कइली। ऊ अपना क्षेत्र के मुख्य धार्मिक प्राधिकारी रहली, मिस्र आ यूनानी दुनों बहुदेववादी आस्था के देवता लोग के समर्पित धार्मिक समारोह सभ के अध्यक्षता करत रहली। ऊ मिस्र आ यूनानी देवता लोग के बिबिध मंदिर सभ के निर्माण के देखरेख कइली, मिस्र में यहूदी लोग खातिर एगो आराधनालय भी बनवली आ सिकंदरिया के सीज़रियम भी बनवली जे उनके संरक्षक आ प्रेमी जूलियस सीजर के पंथ के पूजा खातिर समर्पित रहल।

क्लियोपेट्रा अपना राज्यक्षेत्र के प्रशासनिक मामिलन में सीधे शामिल रहली ऊ अपना शासन के सुरुआत में सूखा के दौरान शाही अनाज के भंडार सभ के आदेश दे के अकाल नियर संकट सभ से निपटे के काम कइली कि ऊ भूखन मरत आबादी के खाना बाँटे। हालाँकि, कमांड इकोनॉमी जवना के ऊ प्रबंधित कइली ऊ वास्तविकता से ढेर आदर्श रहल, सरकार कुछ खास सामान सभ खातिर दाम पर नियंत्रण, टैरिफ आ राज्य के एकाधिकार, बिदेसी मुद्रा सभ खातिर फिक्स एक्सचेंज रेट आ कठोर कानून लगावे के कोसिस कइलस जे किसान किसान लोग के मजबूर कइलस रोपनी आ कटाई के मौसम में अपना गाँव में रहे खातिर। अइसन बुझाला की आर्थिक परेशानी आइल जेकरा चलते क्लियोपेट्रा अपना सिक्का के अवमूल्यन कइली, जवना में चांदी आ कांसा के मुद्रा चलावल शामिल रहे लेकिन अपना से पहिले के टोलेमैक पूर्ववर्ती लोग नियन ऊ सोना के सिक्का ना चलवली।

नोट[संपादन करीं]

  1. Grant (1972, p. 3) के कहनाम बा कि इनके जनम 70 ईसा पूर्व के अंत में चाहे सुरू के 69ईसा पूर्व में भइल।
  2. अउरी जानकारी खातिर देखल जाय Schiff (2011, p. 28)Kleiner (2005, p. 22).
  1. She was also a diplomat, naval commander, linguist, and medical author; see Roller (2010, p. 1) and Bradford (2000, p. 13).

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Hölbl (2001), p. 231.
  2. Grant (1972), p. 3.
  3. Roller (2010), p. 15.
  4. Grant (1972), p. 4.
  5. Preston (2009), p. 22.
  6. Jones (2006), p. 28.

स्रोत[संपादन करीं]

छपल[संपादन करीं]

  • Bradford, Ernle (2000) [1971], Cleopatra, Penguin Group, ISBN 978-0-14-139014-7.
  • Hölbl, Günther (2001) [1994], A History of the Ptolemaic Empire, translated by Tina Saavedra, London: Routledge, ISBN 978-0-415-20145-2.
  • Roller, Duane W. (2003), The World of Juba II and Kleopatra Selene: Royal Scholarship on Rome's African Frontier, New York: Routledge, ISBN 978-0-415-30596-9.