Jump to content

केसरिया स्तूप

विकिपीडिया से
केसरिया स्तूप
केसरिया स्तूप
केसरिया स्तूप is located in Bihar
केसरिया स्तूप
Bihar में लोकेशन
बेसिक जानकारी
लोकेशन भारत
अक्षांस-देशांतर26°20′03″N 84°51′17″E / 26.334140°N 84.854762°E / 26.334140; 84.854762निर्देशांक: 26°20′03″N 84°51′17″E / 26.334140°N 84.854762°E / 26.334140; 84.854762
धर्म/मतबौद्ध धर्म
मुयुनिसिपैलिटीकेसरिया
Districtपूर्बी चंपारन जिला
राज्यबिहार
देसभारत
स्टेटसखुलल
ऊँचाई (अधिकाधिक)104ft

केसरिया स्तूप, भारत के बिहार राज्य में, पूर्बी चंपारन जिला में केसरिया नाँम के जगह पर एगो बौद्ध स्तूप बा। जेकरा के देवला भी कहल जाला।[1] मानल जाला कि अपना अंतिम समय में कुशीनगर जात समय गौतम बुद्ध इहाँ रुकल रहलें आ एहिजे आपन भिक्षा पात्र दान क दिहले रहलें। बाद में इहाँ ई स्तूप बनवावल गइल।

ई स्तूप लगभग 1,400 फीट (430 मी) के घेरा वाला आ 104 फीट (32 मी) ऊँच बा आ एह तरीका से ई जावा के बोरोबुदुर स्तूप से एक फुट बेसी ऊँच बा जेकरा के सभसे ऊँच बौद्ध स्तूप मानल जाला।[2]

ई स्तूप, जिला के सूचना वेबसाइट अनुसार, बिहार के राजधानी पटना से करीब 160 किमी पच्छिम में आ जिला के मुख्यालय मोतिहारी से लगभग 35 किमी दक्खिन-पच्छिम में बा।[3] बिद्वान लोग के हवाला से ई बतावल गइल बा कि एह स्तूप के निर्माण लिच्छवि बंस के राजा लोग द्वारा करवावल गइल रहल।[4]

गैलरी[संपादन करीं]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]