अमरुत
![](http://chped.net/https/upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/02/Guava_ID.jpg/230px-Guava_ID.jpg)
अमरुत एगो फल हवे जवन गरम इलाका सभ में माझिल आकार के फेड़ा पर फरे ला।
एकर अंग्रेजी में आम चलनसार नाँव गुआवा हवे, हालाँकि गुआवा बहुत सामान्य नाँव हवे आ कई तरह के फल सभ के अंग्रेजी में एहि नाँव से बोलावल जाला भले ऊ बैज्ञानिक दृष्टि से अलगा प्रजाति के होखें।
सभसे ढेर प्रचलित अमरुत कॉमन अमरुत (सीडियम गुआय्वा) हवे जवन कि मूल रूप से ई मैक्सिको आ मध्य अमेरिका क पौधा हवे लेकिन अब ई अफ्रीका आ एशिया की उष्ण कटिबंधीय इलाका में ख़ूब पैदा कइल जाला। ई भारत, पाकिस्तान, आ बाकी दक्खिनी एशिया में ई खूब होला। भारत में इलाहाबाद शहर अपनी अमरुत खातिर पुरा दुनिया में मशहूर हवे।
भारतीय किसिम[संपादन करीं]
भारत में अमरुत क कई गो प्रजाति (किसिम) होला जइसे की इलाहाबादी सफ़ेदा, इलाहाबादी सुरखा, सरदार (लखनऊ -49), सेबिया अमरुत, बेहट कोकोनट अउरी ललित हवे। इलाहाबादी सफ़ेदा आ सरदार (एही के लखनऊ -49 कहल जाला) अपने स्वाद आ ख़ूब ढेर फराई खातिर परसिद्ध बाटे।[1]
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
- इलाहाबादी सुरखा, जेकरा के जीआई टैग मिलल बाटे।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ अमरूद की खेती - Agropedia @ IIT कानपुर
![]() | ई फल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |