Jump to content

अगहन

विकिपीडिया से

अगहन (संस्कृत: आग्रहायण या मार्गशीर्ष) हिंदू कलेंडर के एक ठो महीना बा।

काशी क्षेत्र में प्रचलन में बिक्रम संवत के अनुसार अगहन साल के नउवाँ महीना होला। अंग्रेजी (ग्रेगोरियन कैलेंडर) के हिसाब से एह महीना के सुरुआत कौनों फिक्स डेट के ना पड़ेला बलुक खसकत रहेला। आमतौर पर ई नवंबर/दिसंबर के महीना में पड़े ला।

भारतीय राष्ट्रीय पंचांग, जेवन सुरुज आधारित होला, में अगहन नउवाँ महीना हवे आ ग्रेगोरियन कैलेंडर के 22 नवंबर से एकर सुरुआत होले। नेपाल में प्रयुक्त कैलेंडर के हिसाब से ई साल के आठवाँ महीना हवे। बंगाली कैलेंडर में भी ई आठवाँ महीना होला।

संदर्भ[संपादन करीं]