Jump to content

हिंदुस्तानी व्याकरण

विकिपीडिया से
(हिंदी व्याकरण से अनुप्रेषित)

हिंदुस्तानी व्याकरण भारतीय भाषा हिंदुस्तानी के व्याकरण के नियम आ रीति सभ के समूह हवे। हिंदुस्तानी भाषा भारत आ पाकिस्तान के आम बोलचाल के भाषा (लिंग्वा फ़्रैंका) हवे जबकि हिंदीउर्दू एकर दू गो रजिस्टर हवें जे साहित्यिक आ मानक रूप में इस्तेमाल होखे लीं। भाषाबिज्ञान के नजरिया से हिंदी आ उर्दू के व्याकरण कुछ मामूली अंतर के साथे एकही हवे; इनहन में भेद मुख्य रूप से शब्द-भंडार (वोकेबुलरी) आ सामाजिक भाषाबैज्ञानिक तत्व सभ (सोशियोलिंग्विस्टिक एलीमेंट) के चलते हवे। एकरे अलावा हिंदी भाषा देवनागरी में लिखल जाले जबकि उर्दू मुख्य रूप से अरबी लिखाई के नस्तालीक वैरिएंट में लिखल जाले।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]