नून
Appearance
(नीमक से अनुप्रेषित)
![](http://chped.net/https/upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/fd/DeadSeaIsrael5.jpg/220px-DeadSeaIsrael5.jpg)
नून, निमक चाहे नमक एगो खनिज हवे जेह में मुख्य रूप से सोडियम क्लोराइड (NaCl) होला। सोडियम क्लोराइड एक तरह के रासायनिक कंपाउंड हवे जे रसायन बिज्ञान के नमक सभ के बड़हन कटेगरी के सदस्य हवे। आम नून प्राकृतिक रूप से क्रिस्टल (रवादार) संरचना वाला होला आ चट्टान से मिले वाला नून के चट्टानी नमक भा सेन्हा नून कहल जाला। नून समुंद्र के पानी में भरपूर मात्रा में मिले ला आ ई समुंदरी पानी में पावल जाए वाला सभसे प्रमुख खनिज हवे। खुला सागर सभ में हर एक लीटर पानी में करीबन 35 ग्राम (1.2 औंस) ठोस नून होला जेकरा के 3.5% लवणता के रूप में बतावल जा सके ला।
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
![]() | ई लेख कौनों मिनरल या मिनरलाह की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |